Skip to content
Home » भोजपुरी भजन » हाथे वीणा बा धइले हमार मैया जी

हाथे वीणा बा धइले हमार मैया जी

लोग कहेला तू ज्ञान के,
भंडार मैया जी,
हाथे वीणा बा धइले,
हमार मैया जी।।

कला संस्कृति माई,
रउए से आला,
जीवन अन्हार बाटे,
करी द उजाला,
सोहे माथे मुकुट,
गले हार मैया जी,
हाथे वीणा बा धइलें,
हमार मैया जी।।

बुद्धि आ ज्ञान रउए,
दर पे भेटाला,
खाली ना जाई तोहर,
बात बा निराला,
श्वेत वस्त्र हंस पे,
सवार मैया जी,
हाथे वीणा बा धइलें,
हमार मैया जी।।

लोग कहेला तू ज्ञान के,
भंडार मैया जी,
हाथे वीणा बा धइले,
हमार मैया जी।।

गायक – विद्याकान्त झा।

Hathe veena ba dhaile hamar maiya ji